Friday, April 19, 2024
Friday, April 19, 2024

Monthly Archives: December, 2022

WhatsApp पर कोरोना से जुड़ल जानकारी शेयर कईले पर नाही होई जेल, फर्जी दावा एक बार फिर हो रहल बा वायरल

पिछला कुछ दिन में भारत समेत कई देशन में कोरोना के मरीजन के संख्या में बढ़ोत्तरी देखे के मिलल बा. कोरोना के प्रकोप बढ़ले के साथ-साथ एके लेके शेयर कईल जा रहल भ्रामक जानकारी में भी बढ़ोत्तरी भईल बा. एही बीच कई इंटरनेट यूजर्स द्वारा ई दावा कईल जात बा कि WhatsApp पर कोरोना के बारे में कवनों भी जानकारी शेयर कईले पर IT Act के तहत कार्रवाई होई.

केंद्र सरकार द्वारा बेरोजगारी भत्ता दिहले के नाम पर वायरल भईल फर्जी दावा

प्रधानमंत्री बेरोजगारी भत्ता योजना के अंतर्गत सरकार द्वारा बेरोजगार नौजवानन के हर महीना 6000 रूपया दिहले के नाम पर शेयर कईल जा रहल ई दावा पूर्व में भी कई बार शेयर कईल गईल बा. Newschecker द्वारा 21 मई, 2021 के वायरल दावा के पड़ताल कईल गईल रहल. अपने पड़ताल के दौरान हमनी के सूचना एवं प्रसारण मंत्रालय के अंतर्गत आए वाला PIB (प्रेस इनफार्मेशन ब्यूरो) के फैक्ट चेक इकाई PIB Fact Check द्वारा 27 जनवरी, 2021 के शेयर कईल गईल एगो ट्वीट प्राप्त भईल. PIB Fact Check अपने ट्वीट में ए दावा के फर्जी बतवले बा.

CATEGORIES

ARCHIVES

Most Read