राजीव गांधी द्वारा इंदिरा गांधी के निधन पर इस्लामिक तरीका से शोक मनवले के नाम पर शेयर कईल जा रहल ए तस्वीर असल में पूर्व में भी वायरल हो चुकल बा, तब Newschecker द्वारा 16 जून, 2022 के ए दावा के पड़ताल कर एकर सच बतावल गईल रहल.
दैनिक जागरण द्वारा 23 नवंबर, 2017 के प्रकाशित एगो रिपोर्ट में ई जानकारी दिहल गईल बा कि प्रदेश के तत्कालीन शिक्षा मंत्री कृष्णनंदन प्रसाद वर्मा ए खबर के अफवाह बतवले रहले.
भिन्न राजनीतिक दलन के समर्थक अपने-अपने विचारधारा के हिसाब से नोट से महात्मा गांधी के तस्वीर हटाके केहू दूसर हस्ती के तस्वीर लगवले के मांग करत रहेले. एही क्रम में कई सोशल मीडिया यूजर्स ई दावा करत बाने कि नया नोट पर अब महात्मा गांधी के साथ अब रवींद्रनाथ टैगोर और एपीजे अब्दुल कलाम के भी तस्वीर रही.