Newchecker.in is an independent fact-checking initiative of NC Media Networks Pvt. Ltd. We welcome our readers to send us claims to fact check. If you believe a story or statement deserves a fact check, or an error has been made with a published fact check
Contact Us: checkthis@newschecker.in
Politics
भाजपा नेता प्रशांत पटेल सोशल मीडिया पर एगो वीडियो शेयर कइके दावा कईले कि दिल्ली के मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल कहिन कि विरोध कईला पर गुजरात की जनता के कुचल दिहल जाई।
वायरल दावा के संग्रहीत संस्करण इहाँ देखल जा सकेला।
ई दावा फेसबुक पर भी वायरल भइल रहल जेकरा के इहाँ देखल जा सकेला.
दिल्ली के मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल के ओर से गुजरात के जनता के विरोध कईला पर कुचल देवे के धमकी के नाम पर शेयर कईल जा रहल ई दावे के पड़ताल खातिर, हमनी ‘अरविन्द केजरीवाल अगर मेरे खिलाफ विरोध करोगे तो कुचल दूंगा गुजरात’ कीवर्ड के यूट्यूब पर खोजनी। हमनी के इंडिया टीवी द्वारा तकरीबन 4 साल पुरान एक वीडियो रिपोर्ट प्राप्त भईल। वीडियो के कैप्शन में लिखल बात से ई पता चलेला कि ई वीडियो गुजरात के सूरत के होला। एकरे अलावा गौर कइले पर एक औरो बात बुझाली के एहू वीडियो में केजरीवाल उहि कपड़ा पहिनल बाड़े, जउन कपड़ा वो वायरल वीडियो में पहिने बाड़े।

इंडिया टीवी के ओर से प्रकाशित उपरोक्त वीडियो में दिहल जानकारी की मदद से हमनी यूट्यूब पर ‘arvind kejriwal surat’’ कीवर्ड सर्च कईनी। हमनी के 4 साल पहिले आम आदमी पार्टी के आधिकारिक यूट्यूब चैनल से अपलोड एगो वीडियो मिलल, जवन कि वायरल वीडियो जइसन ही बाड़े। वीडियो के मुताबिक, अरविन्द केजरीवाल सूरत में एगो सभा को सम्बोधित करत बानी।

वीडियो के पूरा सुनले पर पता चलल कि वायरल भईल क्लिप एही वीडियो से निकाल के काटछांट के शेयर कइल जा रहल बा। 14 मिनट 4 सेकंड के बाद केजरीवाल कहले कि, “आज हमनी के दोस्त लोग जानतानी, जवन कि गुजरात चलावतारे। आज गुजरात के कौन चला रहल बा? अमित शाह गुजरात चलावत बाड़े. अमित शाह पिछला कुछ साल से गुजरात चलावत बाड़े। आनंदीबेन पटेल उहाँ रहले, पहिले उनुका संगे अमित शाह के खटपट रहले। आनंदीबेन पटेल ओकरा के कुछ बात ना मानत रहले, जेकरा वजह से लोग उनकी जगह विजय रूपानी के सीएम बनावेला। विजय रूपानी के कहना बा कि पूरा उनके मुहर बानी। विजय रूपानी उहे करेले जवन अमित शाह कहेले। तो अमित शाह के पूरा गुजरात के एगो चेतावनी बा। अमित शाह के पूरा गुजरात के चुनौती बा कि हम गुजरात के अईसही चलौनी। शाह के चैलेन्ज बानी के अगर तू हमरा खिलाफ विरोध कइनी तो हम तोहरा के कुचल देब। ये गुजरात के जनता जवन कुछ कर सकेले, रउरा हमरा के बिगाड़ सकेनी। हमनी के अन्ना आंदोलन के याद आवत बा. अन्ना आंदोलन के समय पूरा देश खड़ा रहे।”
एह तरह से हमनी के पड़ताल में साबित हो गईल के दिल्ली के मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल गुजरात की जनता के धमकी ना देला। उनके एगो 4 साल पुराने भाषण के एडिटेड क्लिप के शेयर कइके सोशल मीडिया पर फर्जी दावा वायरल कइल गइल रहल।
कौनो भी संदिग्ध ख़बर के पड़ताल, संशोधन या अन्य सुझाव खातिर हमनी के WhatsApp करीं: 9999499044 या ई-मेल करीं: checkthis@newschecker.in