Newchecker.in is an independent fact-checking initiative of NC Media Networks Pvt. Ltd. We welcome our readers to send us claims to fact check. If you believe a story or statement deserves a fact check, or an error has been made with a published fact check
Contact Us: checkthis@newschecker.in
Politics
Claim
तमिलनाडु में हिंदी बोले वालन के साथे हो रहल भेदभाव के बीच उदयनिधि स्टालिन हिंदी विरोधी टी-शर्ट पहिनने.
Fact
उदयनिधि स्टालिन के ई तस्वीर साल 2020 से ही इंटरनेट पर मौजूद बा.
सोशल मीडिया पर एगो तस्वीर शेयर कईके ई दावा कईल जाता कि तमिलनाडु में हिंदी भाषी लोगन के साथे हो रहल भेदभाव के बढ़ावा देवे खातिर मुख्यमंत्री एमके स्टालिन (M. K. Stalin) के बेटा उदयनिधि स्टालिन (Udhayanidhi Stalin) हिंदी विरोधी टी-शर्ट पहिनने.
भारतीय संविधान के अठवां अनुसूची में वर्तमान में कुल 22 तरह के भाषा के जिक्र कईल गईल बा. अगर संख्याबल के बात कईल जा ते हिंदी भारत के सर्वाधिक राज्यन में बोले जाए वाली भाषा है. तमिलनाडु, कर्नाटक, आंध्र प्रदेश, तेलंगाना, केरल, पश्चिम बंगाल समेत कई राज्य केंद्र सरकार पर हिंदी थोपले के आरोप लगावेले. पूर्व में कब्बो हिंदी भाषी राज्यन में दूसर भाषा बोले वालन के साथ ते कब्बो दूसर भाषा बोले वाले राज्यन में हिंदी बोले वाला राज्यन के लोगन के साथ भेदभाव के तमाम घटना देखे के मिलल बा. हालांकि, राज्य सरकारन के आपसी सूझबूझ और केंद्र के परस्पर सहयोग से ए तरह के घटना ना होखे एकर प्रयास भी कई दशक से चलत बा.
एही क्रम में सोशल मीडिया यूजर्स एगो तस्वीर शेयर कईके ई दावा कईले कि तमिलनाडु में हिंदी भाषी लोगन के साथे हो रहल भेदभाव के बढ़ावा देवे खातिर मुख्यमंत्री एमके स्टालिन के बेटा उदयनिधि स्टालिन हिंदी विरोधी टी-शर्ट पहिनने.
उदयनिधि स्टालिन द्वारा हिंदी विरोधी टी-शर्ट पहिनले के नाम पर शेयर कईल जा रहल ए दावा के पड़ताल खातिर हमनी के वायरल तस्वीर के गूगल पर ढूंढनी. ए प्रक्रिया में हमनी के ई जानकारी मिलल की तस्वीर साल 2020 से ही इंटरनेट पर मौजूद बा. 7 सितंबर, 2020 के Times of India द्वारा प्रकाशित लेख के अनुसार, “Hindi Theriyadhu Poda” (भोजपुरी अनुवाद: हमके हिंदी नाही आवेला) कीवर्ड्स और हैशटैग के साथे कई यूजर तस्वीर शेयर कईले रहले.
एही तरह India Today द्वारा 7 सितंबर, 2020 के प्रकाशित लेख, Republic द्वारा 9 सितंबर, 2020 के प्रकाशित लेख तथा OneIndia Tamil द्वारा 7 सितंबर, 2020 के प्रकाशित लेख में भी वायरल तस्वीर से जुड़ल जानकारी देखल जा सकेला.
एकरे अतिरिक्त, हमनी के मीडिया रिपोर्ट्स में डीएमके सांसद कनिमोझी करूणानिधि द्वारा 6 सितंबर, 2020 के शेयर कईल गईल एगो ट्वीट में एही तरह के टी-शर्ट पहिनले दूसरे लोगन के तस्वीर मौजूद बा.
‘Hindi Theriyathu Poda’ ट्रेंड के लेके The Hindu द्वारा 18 सितंबर, 2020 के प्रकाशित एगो लेख में ए ट्रेंड के शुरुआत तथा लोकप्रियता के बारे में जानकारी दिहल गईल बा.
Newschecker द्वारा तमिलनाडु में हिंदी बोले वाला लोगन के साथ मारपीट और भेदभाव के नाम पर शेयर कईल गईल वायरल पोस्ट्स के सच यहां पढ़ल जा सकेला.
तमिलनाडु में हिंदी भाषी लोगन के साथे हो रहल भेदभाव के बढ़ावा देवे खातिर मुख्यमंत्री एमके स्टालिन के बेटा उदयनिधि स्टालिन द्वारा हिंदी विरोधी टी-शर्ट पहिनले के नाम पर शेयर कईल जा रहल ई दावा भ्रामक बा. असल में वायरल तस्वीर साल 2020 से ही इंटरनेट पर मौजूद बा और तस्वीर पर लिखल टेक्स्ट (‘Hindi Theriyathu Poda’) के मतलब ‘हमके हिंदी नाही आवेला’ होला.
Our Sources
Article published by Times of India on September 7, 2020
Article published by India Today on September 7, 2020
Tweet shared by Kanimozhi on Setember 6, 2020
कौनो भी संदिग्ध ख़बर के पड़ताल, संशोधन या अन्य सुझाव खातिर हमनी के WhatsApp करीं: 9999499044 या ई-मेल करीं: checkthis@newschecker.in