Wednesday, April 16, 2025

Fact Check

24 घंटा खातिर सिम कार्ड बंद भईले के नाम पर वायरल हो रहल बानी भ्रामक दावा

Written By Saurabh Pandey
Nov 25, 2022
banner_image

Claim

सोशल मीडिया यूजर्स द्वारा ई दावा कईल जाता कि केंद्र सरकार द्वारा नया नियम जारी कइके देश में सारा सिम कार्ड 24 घंटा खातिर बंद कईले के आदेश दिहल गईल बा.

केंद्र सरकार द्वारा नया नियम जारी कइके देश में सारा सिम कार्ड 24 घंटा खातिर बंद कईले के आदेश दिहल गईल बा.

Fact

केंद्र सरकार द्वारा नया नियम जारी कइके देश में सारा सिम कार्ड 24 घंटा खातिर बंद कईले के आदेश दिहले के नाम पर शेयर कईल जा रहल ई दावा के पड़ताल Newshecker द्वारा हिंदी भाषा में कईल गईल बा. अपने पड़ताल के दौरान हमनी के ई जानकारी मिलल कि संचार मंत्रालय, भारत सरकार के दूरसंचार विभाग द्वारा 27 सितंबर, 2022 के स्वैपिंग या रिप्लेसमेंट के हालत में नया सिम कार्ड जारी कईले के विषय में प्रकाशित कईल गईल दिशा-निर्देश प्राप्त भईल. दूरसंचार विभाग द्वारा जारी कईल गईल दिशा-निर्देश के अनुसार, सरकार स्वैपिंग या रिप्लेसमेंट की स्थिति में नए सिम कार्ड दिहले के विषय पर 1 अगस्त, 2016 के प्रकाशित कईल गईल नियम में एक नया प्रावधान जोड़ल गईल बा. एकरे अंतर्गत धोखाधड़ी और फर्जीवाड़ा रोके खातिर टेलीकॉम कम्पनीन के अब स्वैपिंग या रिप्लेसमेंट के हालत में नया सिम कार्ड जारी कईले के बाद 24 घंटा ले SMS/मैसेज (शार्ट मैसेज सर्विस) भेजले या प्राप्त कईले पर पाबन्दी लगउले के आदेश दिहल गईल बा.

दूरसंचार विभाग द्वारा जारी भईल दिशा-निर्देश

सूचना एवं प्रसारण मंत्रालय के अंतर्गत आए वाला PIB (प्रेस इनफार्मेशन ब्यूरो) द्वारा संचालित PIB Fact Check भी 23 नवंबर,2022 के शेयर कईल गईल एगो ट्वीट में ए दावा के भ्रामक बतावल गईल बा.

सिम स्वैप फ्रॉड धोखाधड़ी करे वालन द्वारा अपनावल गईल एगो अईसन तकनीक है जेमे ऊ कौनों नया सिम कार्ड के चालू भईले के बाद ओकरे पुराना उपभोक्ता के बैंक से जुड़ल जानकारी पता लगाके उनके खाता से पैसा चोरा लेने. लेकिन ई प्रक्रिया बहुत मुश्किल होले. अगर उपभोक्ता तनिकों सावधानी बरतत बाने ते धोखाधड़ी करे वालन के मकसद सफल नाही हो पाई. मान ली कि अगर आपके पुरान सिम कार्ड कौनों धोखाधड़ी करे वाला के मिल गईल तब्बो ओके आपके खाता के बारे कौनों महत्वपूर्ण जानकारी नाही मिल पाई. एही वजह से फ्रॉड करे वाला लोग सोशल इंजीनियरिंग (कौनो यूजर के फायदा उठाके उनके ठगले की प्रक्रिया) के सहायता से राउर कस्टमर आईडी, एटीएम कार्ड के जानकारी (जैसे कार्ड नंबर, एक्सपायरी डेट आदि) या रउरे बैंक खाता से जुड़ल दूसर कौनों जरुरी जानकारी जुटवले के कोशिश करेने. अगर कौनो यूजर फर्जी कॉल, मैसेज या लिंक पे भरोसा ना करे ते फ्रॉड करे वालन के उनके लूटले में सफलता नाही मिली. बता दिहल जा कि Newschecker द्वारा 22 सितंबर, 2022 के सिम स्वैप फर्जीवाड़ा के लेके प्रकाशित लेख में ए तरह के फर्जीवाड़न पर विस्तार से जानकारी दिहल गईल बा.

ए तरह हमनी के पड़ताल में ई बात साफ हो जाला कि केंद्र सरकार द्वारा नया नियम जारी कइके देश में सारा सिम कार्ड 24 घंटा खातिर बंद कईले के आदेश दिहले के नाम पर शेयर कईल जा रहल ई दावा भ्रामक बा. असल में सरकार द्वारा धोखाधड़ी तथा फर्जीवाड़ा रोकले खातिर स्वैपिंग या रिप्लेसमेंट के मामला में नया सिम कार्ड जारी कईले के बाद 24 घंटा तक खाली SMS/मैसेज (शार्ट मैसेज सर्विस) भेजले या प्राप्त कईले पर रोक लगवले के आदेश दिहल गईल बा.

Result: Partly False

अगर आपके ई फैक्ट चेक पसंद आईल और आप अईसने और फैक्ट चेक पढ़ल चाहतानी ते इहां क्लिक करीं।

Our Sources

Instructions published by the Department of Telecommunications, GoI for issuing new SIM cards in case of swapping/replacement of SIM cards on 27 September 2022 and 1 August 2016

A tweet shared by PIB Fact Check on 23 November 2022

Newschecker fact check report published on 22 September 2022


कौनो भी संदिग्ध ख़बर के पड़ताल, संशोधन या अन्य सुझाव खातिर हमनी के WhatsApp करीं: 9999499044 या ई-मेल करीं: checkthis@newschecker.in

image
अगर रउआ कउनो दावा के जांच करवावल चाहत बानी, प्रतिकिया देवे के चाहत बानी या शिकायत दर्ज करवावल चाहत बानी, त हमनी के व्हाट्सएप करीं +91-9999499044 भा हमनी के ईमेल करीं checkthis@newschecker.in​. आपन भी हम से संपर्क कर सके और फॉर्म भर सके।
Newchecker footer logo
Newchecker footer logo
Newchecker footer logo
Newchecker footer logo
About Us

Newchecker.in is an independent fact-checking initiative of NC Media Networks Pvt. Ltd. We welcome our readers to send us claims to fact check. If you believe a story or statement deserves a fact check, or an error has been made with a published fact check

Contact Us: checkthis@newschecker.in

17,795

Fact checks done

FOLLOW US
imageimageimageimageimageimageimage
cookie

हमारी वेबसाइट कुकीज़ का उपयोग करत है

हम कुकीज़ आ एक सदृश तकनीकें के प्रयोग के के ले, सामग्री के व्यक्तिगत बनावे के, विज्ञापन के तयार के, और बेहतर अनुभव प्रदान के ले। 'ठीक बा' क्लिक के या कुकी विकल्प में एक विकल्प के चालू के, आप सभ इस से सहमत होता, हमारी कुकी नीति में विस्तार से व्याख्या के गए प्रकार।