Wednesday, April 24, 2024
Wednesday, April 24, 2024

HomeFact Checkईहां पढ़ीं Google Pay ऐप पर नया घोटाला के नाम पर शेयर...

ईहां पढ़ीं Google Pay ऐप पर नया घोटाला के नाम पर शेयर कईल जा रहल वायरल दावा के सच

Authors

A self-taught social media maverick, Saurabh realised the power of social media early on and began following and analysing false narratives and ‘fake news’ even before he entered the field of fact-checking professionally. He is fascinated with the visual medium, technology and politics, and at Newschecker, where he leads social media strategy, he is a jack of all trades. With a burning desire to uncover the truth behind events that capture people's minds and make sense of the facts in the noisy world of social media, he fact checks misinformation in Hindi and English at Newschecker.

Claim
गलती से भेजल गईल पईसा वापस मंगले के नाम पर एगो नया किस्म के धोखाधड़ी कईल जाता जवने में अकाउंट हैक हो जाला.

Fact
खाली केहूके पईसा भेजले से Google Pay अकाउंट हैक नाही कईल जा सकेला. बिना कवनो लिंक पर क्लिक कईले या केहूके ओटीपी बतवले या कवनों संदिग्ध ऐप डाउनलोड कइले केहूके फोन या बैंक अकाउंट हैक नाही कईल जा सकेला.

सोशल मीडिया और मैसेजिंग ऐप्स पर ई दावा कईल जाता कि एगो नया घोटाला शुरू भईल बा. फर्जीवाड़ा करे वाला लोग जानबूझके गलत खाता में पईसा भेजीके वापस कईले के अनुरोध करेने, पईसा वापस कईले पर अकाउंट हैक कई लिहल जाला.

फर्जीवाड़ा करे वाला लोग जानबूझके गलत खाता में पईसा भेजीके वापस कईले के अनुरोध करेने, पईसा वापस कईले पर अकाउंट हैक कई लिहल जाला.
वायरल दावा

पिछले कुछ साल में UPI के माध्यम से पेमेंट या लेन-देन करे वालन के संख्या में जबरदस्त उछाल आईल बा. पहिले ऑनलाइन पेमेंट के ई सुविधा खाली बड़े शहरन या कस्बन तक सीमित रहल लेकिन इंटरनेट पैक सस्ता भईले और UPI के माध्यम से सुगमता से लेन-देन के वजह से अब ग्रामीण इलाकन में भी एकर प्रयोग तेजी से बढ़ता. टेक्नोलॉजी के तमाम दुष्प्रभावन में से सबसे बड़हन एकर दुरूपयोग बा. जानकारी के अभाव में तमाम यूजर जालसाजी करे वालन के झांसा में फंस के कब्बो रूपया-पईसा के नुकसान सहेने ते कब्बो आपन निजी डेटा जालसाजन के साथ शेयर कई देने.

एही क्रम में Newschecker के कई पाठक हमनी के टिपलाइन नंबर (+919999499044) पर एगो दावा भेजके एकरे पड़ताल के अनुरोध कईले. दावा के अनुसार फर्जीवाड़ा करे वाला लोग जानबूझके गलत खाता में पईसा भेजीके वापस कईले के अनुरोध करेने, पईसा वापस कईले पर अकाउंट हैक कई लिहल जाला.

Newschecker के टिपलाइन पर प्राप्त अनुरोध

Fact Check/Verification

फर्जीवाड़ा करे वाला लोगन द्वारा जानबूझके गलत खाता में पईसा भेजीके वापस कईले पर अकाउंट हैक कई लिहले के नाम पर शेयर कईल जा रहल यह दावा काफी समय से शेयर कईल जाता. Newschecker द्वारा 14 नवंबर, 2022 के अंग्रेजी भाषा में ए दावा के पड़ताल कईके एकर सच बतावल गईल बा. पड़ताल के दौरान हमनी के जानकारी मिलल कि Google Pay के आधिकारिक वेबसाइट पर अंग्रेजी भाषा में प्रकाशित एगो लेख में धोखाधड़ी करे वालन द्वारा इस्तेमाल कईल जा रहल कई तरह के ट्रिक के बारे में जानकारी दिहल गईल बा.

लेख के अनुसार, धोखाधड़ी करे वाला ईहो तरीका अपनावेने जहां उ केहूके पईसा भेजके ई निवेदन करेने कि पईसा गलती से भेजा गईल बा. एकरे बाद धोखाधड़ी करे वाला पईसा पावे वाला से धनराशि वापस भेजले के अनुरोध करेला. असल में धोखाधड़ी करे वाला लोग ई पईसा केहू और के खाता से चोरी कईले रहेले, जवने के वापसी के डर बनल रहेला. लेकिन अगर उहे पईसा उ आपके भेजके कवनों दूसरे खाता में मंगवा ले, ते उनकर चोरावल पईसा बच जाला. बता दिहल जा कि अपने लेख में गूगल ई कहीं नाही लिखले बा कि पैसा वापस भेजले पर आपके अकाउंट हैक हो जाई.

Google Pay के वेबसाइट पर मौजूद जानकारी के एगो अंश

Google Pay के वेबसाइट पर हमनी के धोखाधड़ी से बचले तथा जालसाजी के शिकार बनले के बाद के प्रक्रिया से जुड़ल एगो लेख भी प्राप्त भईल. लेख के अनुसार सिर्फ केहूके पईसा भेजले खातिर PIN के जरुरत पड़ेला, केहू से पैसा पावे खातिर कवनों पिन के आवश्यकता नाही होला. लेख में स्क्रीन शेयरिंग यानि अईसन ऐप्स जवन आपके फोन के स्क्रीन केहू और के साथ शेयर करेने, से सावधान रहले के भी सलाह दिहल गईल बा. एकरे अलावा संदिग्ध लिंक उदाहरण खातिर उ लिंक जहां UPI पिन आदि जानकारी मांगल जाला से भी सावधान रहले के जानकारी दिहल गईल बा. लेख में कंपनी धोखाधड़ी या कवनों और समस्या के समाधान खातिर एगो फॉर्म भी शेयर कईले बा. वेबसाइट पर हमनी के कवनों Google Pay खाता के सुरक्षित रखले से जुड़ल कुछ निर्देश भी प्राप्त भईल.

Google Pay के वेबसाइट पर मौजूद जानकारी के एगो अंश

वायरल दावा के तह तक जाए खातिर हमनी के साइबर सिक्योरिटी विशेषज्ञ Jiten Jain से संपर्क कईनी. Newschecker के साथ बातचीत में Jiten Jain द्वारा ई जानकारी दिहल गईल कि वायरल दावा में जवने तरह के हैकिंग के बात कईल जाता उ या ते जालसाजी के कवनों अईसन ट्रिक से संभव बा जहां यूजर खुद जालसाज के बात में फंस के पेमेंट (भुगतान) कई दे या ते जालसाज यूजर के फोन में कवनों अईसन ऐप इनस्टॉल कई दे जवन यूजर के सारा जानकारी जैसे कि पासवर्ड, पिन, निजी तस्वीर और वीडियो, कार्ड नंबर आदि जानकारी जालसाज के साथ साझा करे. Google Pay के इस्तेमाल कईके पईसा चोरवले के ई दुनो ट्रिक में जालसाज यूजर के सहयोग के बिना ठगी नाही कई पईहे. एही वजह से यूजर के सावधानी बहुत जरुरी हो जाला. Newschecker द्वारा जालसाजी से बचले तथा शिकार बनले के बाद पईसा वापस पवले के प्रक्रिया के बारे में पूछले पर Jiten द्वारा ई जानकारी दिहल गईल कि अगर केहू ई दावा करता कि उ गलती से आपके पईसा भेज दिहले बा, ते सबसे सुरक्षित उपाय ई बा कि उक्त व्यक्ति के व्यक्तिगत रूप से आके ओकर आईडी वगैरह देखले के बाद पईसा सुपुर्द कईल जा. अईसने कवनों फ्रॉड के शिकार बनले के बाद यूजर के 1930 पर कॉल करके चाही.

Newschecker द्वारा इनफार्मेशन सिक्योरिटी सलाहकार Tarun Wig से बात कईले पर ई जानकारी मिलल कि ए तरह के जालसाजी में अकसर गलती से पईसा भेजले के दावा करे वाला जालसाज अवैध नंबर या UPI आईडी बतइहे जवन कवनों पेमेंट प्लेटफार्म पर मौजूद नाही रही. एकरे बाद जालसाज QR कोड भेजेला, जवनों पर क्लिक कईके पेमेंट कईले के बाद खाता में से जालसाज द्वारा डालल गईल धनराशि कट जाई. Wig के अनुसार एकरे अलावा ऑनलाइन चोरी के एगो दूसर तरीका सीधा यूजर खाता में से अपने खाता में पईसा भेजले के होला जहां जालसाज यूजर के बहला-फुसला के उनके खाता से जुड़ल सारा जानकारी लिहले के बाद उनके कॉल या मैसेज कईके ओटीपी पूछेने. यूजर द्वारा ओटीपी शेयर कईले के बाद जालसाज जेतना धनराशि डलले रही, ओतना पईसा यूजर के खाता में से कट जाला.

Conclusion

ए तरह हमनी के पड़ताल में ई बात साफ हो जाला कि फर्जीवाड़ा करे वाला लोगन द्वारा जानबूझके गलत खाता में पईसा भेजीके वापस कईले पर अकाउंट हैक कई लिहले के नाम पर शेयर कईल जा रहल ए जानकारी में पूरा सच नाही बतावल गईल बा. असल में जालसाजी करे वाला ए तरह से आपके पईसा ते चोरा सकेने लेकिन खाली केहूके पईसा वापस भेजले से Google Pay अकाउंट नाही हैक कईल जा सकेला.

Result: Missing Context

Sources

Google Pay Website
Conversation With Mr Jiten Jain On November 12, 2022
Conversation With Mr Tarun Wig On November 12, 2022

कौनो भी संदिग्ध ख़बर के पड़ताल, संशोधन या अन्य सुझाव खातिर हमनी के WhatsApp करीं: 9999499044 या ई-मेल करीं: checkthis@newschecker.in

Authors

A self-taught social media maverick, Saurabh realised the power of social media early on and began following and analysing false narratives and ‘fake news’ even before he entered the field of fact-checking professionally. He is fascinated with the visual medium, technology and politics, and at Newschecker, where he leads social media strategy, he is a jack of all trades. With a burning desire to uncover the truth behind events that capture people's minds and make sense of the facts in the noisy world of social media, he fact checks misinformation in Hindi and English at Newschecker.

Saurabh Pandey

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

Most Popular