Friday, March 29, 2024
Friday, March 29, 2024

HomeHealth and Wellnessआम खईले के बाद कोल्ड ड्रिंक पियले से मौत भईले के नाम...

आम खईले के बाद कोल्ड ड्रिंक पियले से मौत भईले के नाम पर शेयर कईल गईल भ्रामक दावा

Authors

A self-taught social media maverick, Saurabh realised the power of social media early on and began following and analysing false narratives and ‘fake news’ even before he entered the field of fact-checking professionally. He is fascinated with the visual medium, technology and politics, and at Newschecker, where he leads social media strategy, he is a jack of all trades. With a burning desire to uncover the truth behind events that capture people's minds and make sense of the facts in the noisy world of social media, he fact checks misinformation in Hindi and English at Newschecker.

Claim
आम खईले के बाद कोल्ड ड्रिंक पियले से मौत हो जाला.
Fact
ई दावा गलत बा. आम खईले के बाद कोल्ड ड्रिंक पियले से मौत नाही होला.

सोशल मीडिया और मैसेजिंग ऐप्स पर ई दावा कईल जाता कि आम खईले के बाद कोल्ड ड्रिंक पियले से मौत हो जाला.

सोशल मीडिया और मैसेजिंग ऐप्स पर ई दावा कईल जाता कि आम खईले के बाद कोल्ड ड्रिंक पियले से मौत हो जाला.
Newschecker के टिपलाइन पर प्राप्त दावा

सोशल मीडिया और मैसेजिंग ऐप्स पर स्वास्थ्य से जुड़ल तमाम तरह के भ्रामक जानकारी आए दिन वायरल होत रहेला. कई बार लोग केहू करीबी के मैसेज या सोशल मीडिया पोस्ट पढ़िके ओमन बतावल गईल उपचार के भी इस्तेमाल करे लगेने, जवन उनके स्वास्थ्य खातिर काफी नुकसानदेह हो सकेला. Newschecker द्वारा अकसर स्वास्थ्य से जुड़ल भ्रामक जानकारी के पड़ताल कईके ओकर सच बतावल जाला. एही क्रम में सोशल मीडिया पर ई दावा कईल जाता कि आम खईले के बाद कोल्ड ड्रिंक पियले से मौत हो जाला.

Fact Check/Verification

आम खईले के बाद कोल्ड ड्रिंक पियले से मौत भईले के नाम पर शेयर कईल जा रहल ई दावा पूर्व में भी कई बार वायरल हो चुकल बा. Newschecker द्वारा पूर्व में मराठी (1, 2), बांग्ला तथा तमिल भाषा में ए दावा के पड़ताल कईल जा चुकल बा. हमनी के पड़ताल के अनुसार चंडीगढ़ में अईसन कवनों घटना नाही भईल बा. आम के रासायनिक संघटन के बारे में जानकारी जुटवले के दौरान हमनी के रिसर्च खातिर मशहूर Frontiers द्वारा 17 अक्टूबर, 2019 के प्रकाशित एगो रिसर्च पेपर मिलल. पेपर के अनुसार आम में Citric और Malic acid पावल जाला.

Frontiers द्वारा प्रकाशित रिसर्च पेपर के अंश

एकरे अलावा हमनी के अमेरिकी सरकार के उपक्रम National Library of Medicine द्वारा 17 अक्टूबर, 2019 के प्रकाशित एगो जर्नल प्राप्त भईल, जवने में आम के रासायनिक संघटन के बारे में जानकारी दिहल गईल बा.

National Library of Medicine द्वारा प्रकाशित लेख के एगो अंश

कोल्ड ड्रिंक के रासायनिक संघटन के बारे में जानकारी जुटवले के प्रक्रिया में हमनी के Britannica द्वारा प्रकाशित लेख प्राप्त भईल. लेख से प्राप्त जानकारी के अनुसार कॉर्बोनेटेड कोल्ड ड्रिंक में कार्बनिक एसिड, चीनी, स्वाद बनाए वाला रसायन आदि होला.

ThoughtCo द्वारा प्रकाशित लेख के अनुसार Citric और Carbonic दुनो वीक एसिड (कमजोर अम्ल) होने तथा पानी में दुनो के वियोजन स्थिरांक लगभग एक जईसन होला.

वायरल दावा के बारे में अधिक जानकारी खातिर हमनी के KLE Hospital के Dr. Madhav Prabhu से संपर्क कईनी. डॉक्टर द्वारा Newschecker के ई जानकारी दिहल गईल कि हॉस्पिटल में अईसन कवनों मामला नईखे आईल, जहां आम खईले के बाद कोल्ड ड्रिंक पियले से केहूके मौत भईल होखे. आम और कोल्ड ड्रिंक के संघटक में अईसन कवनों रासायनिक अभिक्रिया नाही होला, जेसे केहूके निधन होखे. ई दावा पूरी तरह से गलत बा.

एकरे अलावा हमनी के Yashoda Hospital के Dr. Shrutika Shingaare से भी बातचीत कईनी, जहां हमनी के ई जानकारी दिहल गईल कि पाकल आम में Citric एसिड के मात्रा बहुत कम होला और सॉफ्ट ड्रिंक बनावे खातिर कार्बनिक अम्ल के इस्तेमाल होला. ई दुनो कमजोर अम्ल के श्रेणी में आवेले. इनसे मानव शरीर के कवनों ख़तरा नाही होला. हालांकि अगर दैनिक रूप से कार्बनिक अम्ल के इस्तेमाल कईल जा ते ऐसे गैस्ट्रिक के समस्या हो सकेला.

हमनी के आहार विशेषज्ञ Rajeshwari Shelake से भी बात कईनी, जहां हमनी के ई जानकरी दिहल गईल कि ए बात के कवनों सबूत नाही बा कि Citric एसिड और कार्बनिक अम्ल के सेवन से शरीर में कवनों विशेष नुकसान होला. कुछ लोगन के आम खईले के बाद कोल्ड ड्रिंक पियले पर गैस बनले के समस्या हो सकेला, लेकिन ऐसे केहूके मौत नाही होई.

Conclusion

ए तरह हमनी के पड़ताल में ई बात साफ हो जाला कि आम खईले के बाद कोल्ड ड्रिंक पियले से मौत भईले के नाम पर शेयर कईल जा रहल ई दावा गलत बा.

Result: False

Our Sources
Article published by Frontire on October 17, 2019
Article published by National Library of Medicine on October 17, 2019
Article published by Britannica on February 14, 2023
Article published by ThoughtCo on January 29, 2020
Conversation with Dr. Madhav Prabhu, KLE Hospital
Conversation with Dr. Shrutika Shingaare, Yashoda Hospital
Conversation with Rajeshwari Shelake, Dietitian

कौनो भी संदिग्ध ख़बर के पड़ताल, संशोधन या अन्य सुझाव खातिर हमनी के WhatsApp करीं: 9999499044 या ई-मेल करीं: checkthis@newschecker.in

Authors

A self-taught social media maverick, Saurabh realised the power of social media early on and began following and analysing false narratives and ‘fake news’ even before he entered the field of fact-checking professionally. He is fascinated with the visual medium, technology and politics, and at Newschecker, where he leads social media strategy, he is a jack of all trades. With a burning desire to uncover the truth behind events that capture people's minds and make sense of the facts in the noisy world of social media, he fact checks misinformation in Hindi and English at Newschecker.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

Most Popular