Wednesday, April 23, 2025
भोजपुरी

Politics

योगी आदित्यनाथ द्वारा टीपू सुल्तान के श्रद्धांजलि दिहले के नाम पर शेयर कईल गईल एडिटेड तस्वीर

Written By Saurabh Pandey
Jun 2, 2023
banner_image

Claim
उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ द्वारा टीपू सुल्तान के श्रद्धांजलि दिहल गईल.
Fact
वायरल तस्वीर के एडिट कईके गईल बा. असल तस्वीर में योगी आदित्यनाथ के डॉ भीमराव अंबेडकर के श्रद्धांजलि देत देखल जा सकेला.

सोशल मीडिया पर एगो तस्वीर शेयर कईके ई दावा कईल जाता कि योगी आदित्यनाथ द्वारा टीपू सुल्तान के श्रद्धांजलि दिहल गईल.

सोशल मीडिया पर एगो तस्वीर शेयर कईके ई दावा कईल जाता कि योगी आदित्यनाथ द्वारा टीपू सुल्तान के श्रद्धांजलि दिहल गईल.
वायरल दावा




सोशल मीडिया यूजर्स के एक धड़ा टीपू सुल्तान के समर्थन में बात करेला ते दूसरा धड़ा उनके विरोध में बात करेला. अधिकतर भाजपा नेता और समर्थक टीपू सुल्तान के आलोचना करेले. उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ द्वारा भी कई बार टीपू सुल्तान के आलोचना कईल गईल बा. एकरे अलावा टीपू सुल्तान के समर्थन खातिर कांग्रेस और दूसर दलन के नेता लोगन भी योगी आदित्यनाथ के निशाने पर रहेले.

एही क्रम में कई सोशल मीडिया यूजर्स ई दावा करताने कि योगी आदित्यनाथ द्वारा टीपू सुल्तान के श्रद्धांजलि दिहल गईल.

Fact Check/Verification

योगी आदित्यनाथ द्वारा टीपू सुल्तान के श्रद्धांजलि दिहले के नाम पर शेयर कईल जा रहल ए तस्वीर के पड़ताल खातिर हमनी के एके गूगल पर खोजनी. ए प्रक्रिया में हमन के ई जानकारी मिलल की वायरल तस्वीर के एडिट कईल गईल बा. हालांकि, ए प्रक्रिया में हमनी कवनों अईसन विश्वसनीय लेख या पोस्ट नाही प्राप्त भईल, जवने के सहायता से कवनों निष्कर्ष तक पहुंचल जा सके.

गूगल सर्च से प्राप्त परिणाम

वायरल तस्वीर के गूगल पर ढूंढले पर हमनी के एकर एगो दूसर वर्जन मिलल, जवने में योगी आदित्यनाथ के साथ पूर्व उप-मुख्यमंत्री दिनेश शर्मा के भी स्पष्ट रूप से देखल जा सकेला. बता दिहल जा कि ए तस्वीर में योगी आदित्यनाथ द्वारा महाराणा प्रताप के श्रद्धांजलि देत देखल जा सकेला.

वायरल तस्वीर से टीपू सुल्तान के तस्वीर हटाके एकरा गूगल पर खोजले पर हमनी के ई जानकारी मिलल कि ई तस्वीर साल 2021 के है, जब योगी आदित्यनाथ द्वारा डॉ भीमराव अंबेडकर के श्रद्धांजलि दिहल गईल रहल.

गूगल सर्च से प्राप्त परिणाम

योगी आदित्यनाथ द्वारा 29 जून, 2021 के शेयर कईल गईल एगो फेसबुक पोस्ट में वायरल तस्वीर के असली वर्जन देखल जा सकेला, जवने में उनके द्वारा डॉ भीमराव अंबेडकर के श्रद्धांजलि दिहल जाता, ना कि टीपू सुल्तान या महाराणा प्रताप के. बता दिहल जा कि दिनेश शर्मा द्वारा भी ए कार्यक्रम से जुड़ल तस्वीर शेयर कईल गईल बा.

दोनों तस्वीरन के तुलना कईले पर ई बात साफ हो गईल कि असल में योगी आदित्यनाथ द्वारा डॉ भीमराव अंबेडकर के श्रद्धांजलि देहले के तस्वीर के एडिट कईके डॉ अंबेडकर के जगह टीपू सुल्तान के तस्वीर लगा दिहल गईल बा.

Conclusion

ए तरह हमनी के पड़ताल में ई बात साफ हो जाता कि योगी आदित्यनाथ द्वारा टीपू सुल्तान के श्रद्धांजलि दिहले के नाम पर शेयर कईल जा रहल ई दावा गलत बा. वायरल तस्वीर के एडिट कईके गईल बा. असल तस्वीर में योगी आदित्यनाथ के डॉ भीमराव अंबेडकर के श्रद्धांजलि देत देखल जा सकेला.

Result: Altered Video/Photo

Our Sources
Facebook post shared by Yogi Adityanath on 29 June, 2021
Tweet shared by Dinesh Sharma 29 June, 2021
Newschecker analysis

(ई लेख मूल रूप से हिंदी भाषा में प्रकाशित भईल रहल)

कौनो भी संदिग्ध ख़बर के पड़ताल, संशोधन या अन्य सुझाव खातिर हमनी के WhatsApp करीं: 9999499044 या ई-मेल करीं: checkthis@newschecker.in

image
अगर रउआ कउनो दावा के जांच करवावल चाहत बानी, प्रतिकिया देवे के चाहत बानी या शिकायत दर्ज करवावल चाहत बानी, त हमनी के व्हाट्सएप करीं +91-9999499044 भा हमनी के ईमेल करीं checkthis@newschecker.in​. आपन भी हम से संपर्क कर सके और फॉर्म भर सके।
No related articles found
Newchecker footer logo
Newchecker footer logo
Newchecker footer logo
Newchecker footer logo
About Us

Newchecker.in is an independent fact-checking initiative of NC Media Networks Pvt. Ltd. We welcome our readers to send us claims to fact check. If you believe a story or statement deserves a fact check, or an error has been made with a published fact check

Contact Us: checkthis@newschecker.in

17,862

Fact checks done

FOLLOW US
imageimageimageimageimageimageimage
cookie

हमारी वेबसाइट कुकीज़ का उपयोग करत है

हम कुकीज़ आ एक सदृश तकनीकें के प्रयोग के के ले, सामग्री के व्यक्तिगत बनावे के, विज्ञापन के तयार के, और बेहतर अनुभव प्रदान के ले। 'ठीक बा' क्लिक के या कुकी विकल्प में एक विकल्प के चालू के, आप सभ इस से सहमत होता, हमारी कुकी नीति में विस्तार से व्याख्या के गए प्रकार।