Newchecker.in is an independent fact-checking initiative of NC Media Networks Pvt. Ltd. We welcome our readers to send us claims to fact check. If you believe a story or statement deserves a fact check, or an error has been made with a published fact check
Contact Us: checkthis@newschecker.in
Fact Check
सोशल मीडिया पर एगो तस्वीर शेयर कइके ई दावा कईल गईल की कोल्ड ड्रिंक में इबोला नामक वायरस से दूषित खून मिलल बा.
पेय पदार्थन के लेके कई साल से सोशल मीडिया पर तमाम तरह के दावा वायरल होत रहेला. अइसने एगो दावा कि ‘कोल्ड ड्रिंक में इबोला नामक वायरस से दूषित खून मिलल बा’, सोशल मीडिया पर पिछले कई साल से वायरल होत बा. बता दिहल जा कि वायरल तस्वीर के साथ पूर्व में कई अन्य फोटू भी शेयर कईल गईल रहल, जेकरे बाद Newschecker द्वारा हिंदी (1, 2), पंजाबी, बांग्ला तथा मराठी भाषा में ए दावा के फैक्ट चेक कईल जा चुकल बा. वायरल संदेश में ई दावा कईल गईल बा कि ई चेतावनी हैदराबाद पुलिस द्वारा जारी कईल गईल बा. लेकिन हैदराबाद पुलिस ने 13 जुलाई, 2019 के अपने आधिकारिक ट्विटर हैंडल से एगो ट्वीट शेयर कइके ये दावा के गलत बतवले रहल.
वायरल दावा के दूसरा हिस्सा में NDTV द्वारा ई खबर चलवले के दावा कईल गईल बा, जबकि हमनी के हिंदी भाषा में भईल पड़ताल के अनुसार NDTV द्वारा ए तरह के कौनो खबर प्रकाशित नहिखे कईल गईल बा. बता दिहल जा कि Indian Express द्वारा 17 अक्टूबर, 2016 के प्रकाशित एगो लेख में भी ए दावा के जिक्र कइके एकरा के गलत बतावल गइल रहल.
ए तरह हमनी के पड़ताल में ई बात साफ हो जाला कि कोल्ड ड्रिंक में इबोला नामक वायरस से दूषित खून मिलले के नाम पर शेयर कईल जा रहल ई दावा फर्जी है.
अगर आपके ई फैक्ट चेक पसंद आईल और आप अईसने और फैक्ट चेक पढ़ल चाहतानी ते इहां क्लिक करीं।
कौनो भी संदिग्ध ख़बर के पड़ताल, संशोधन या अन्य सुझाव खातिर हमनी के WhatsApp करीं: 9999499044 या ई-मेल करीं: checkthis@newschecker.in