Newchecker.in is an independent fact-checking initiative of NC Media Networks Pvt. Ltd. We welcome our readers to send us claims to fact check. If you believe a story or statement deserves a fact check, or an error has been made with a published fact check
Contact Us: checkthis@newschecker.in
Fact Check
सोशल मीडिया तथा WhatsApp ग्रुप्स में ई दावा कईल जाता कि WhatsApp पर कोरोना के बारे में कवनों भी जानकारी शेयर कईले पर IT Act के तहत कार्रवाई होई.
पिछला कुछ दिन में भारत समेत कई देशन में कोरोना के मरीजन के संख्या में बढ़ोत्तरी देखे के मिलल बा. कोरोना के प्रकोप बढ़ले के साथ-साथ एके लेके शेयर कईल जा रहल भ्रामक जानकारी में भी बढ़ोत्तरी भईल बा. एही बीच कई इंटरनेट यूजर्स द्वारा ई दावा कईल जात बा कि WhatsApp पर कोरोना के बारे में कवनों भी जानकारी शेयर कईले पर IT Act के तहत कार्रवाई होई.
WhatsApp पर कोरोना के बारे में कवनों भी जानकारी शेयर कईले पर IT Act के तहत कार्रवाई भईले के नाम पर शेयर कईल जा रहल ए दावा के पड़ताल साल 2020 में भी वायरल हो चुकल बा. Newschecker द्वारा 31 मार्च, 2020 के हिंदी तथा 27 दिसंबर, 2022 के अंग्रेजी भाषा में एकर पड़ताल कईल गईल रहल. वायरल पोस्ट में ई दावा कईल गईल बा कि ई संदेश गृह मंत्रालय के प्रमुख सचिव रवि नायक द्वारा जारी कईल गईल बा. जबकि गृह मंत्रालय के वेबसाइट पर मौजूद जानकारी के अनुसार भारत के गृह सचिव के नाम अजय कुमार भल्ला है, ना कि रवि नायक.
एकरे अलावा हमनी के सूचना एवं प्रसारण मंत्रालय के अंतर्गत आए वाला PIB (प्रेस इनफार्मेशन ब्यूरो) के फैक्ट चेक इकाई PIB Fact Check द्वारा 29 मार्च, 2020 और 27 दिसंबर, 2022 के शेयर कईल गईल ट्वीट्स भी प्राप्त भईल. PIB Fact Check द्वारा सोशल मीडिया तथा WhastApp ग्रुप्स में जिम्मेदारीपूर्वक पोस्ट शेयर कईले के अपील के साथ वायरल दावा के गलत बतावल गईल बा.
बता दिहल जा कि पूर्व में सरकार द्वारा WhatsApp यूजर्स के डेटा पर नजर रखले के नाम पर शेयर कईल जा रहल एगो दावा के पड़ताल के दौरान Newschecker द्वारा ई जानकारी दिहल गईल रहल कि सरकार WhatsApp के इस्तेमाल करे वालन के निजी जानकारी के निगरानी नाही कई सकेले.
ए तरह हमनी के पड़ताल में ई बात साफ हो जाता कि WhatsApp पर कोरोना के बारे में कवनों भी जानकारी शेयर कईले पर IT Act के तहत कार्रवाई भईले के नाम पर शेयर कईल जा रहल ई दावा फर्जी बा. असल में केंद्र सरकार अईसन कवनों घोषणा नाही कईले बा.
Our Sources
Tweets by PIB Fact Check
The official website of India’s Home Ministry
Media reports
कौनो भी संदिग्ध ख़बर के पड़ताल, संशोधन या अन्य सुझाव खातिर हमनी के WhatsApp करीं: 9999499044 या ई-मेल करीं: checkthis@newschecker.in