Newchecker.in is an independent fact-checking initiative of NC Media Networks Pvt. Ltd. We welcome our readers to send us claims to fact check. If you believe a story or statement deserves a fact check, or an error has been made with a published fact check
Contact Us: checkthis@newschecker.in
Fact Check
सोशल मीडिया पर एगो तस्वीर शेयर कइके ई दावा कईल गईल कि नया नोट पर अब महात्मा गांधी के संगे अब रवींद्रनाथ टैगोर अउरी एपीजे अब्दुल कलाम के भी तस्वीर रही.
भारत में नोट पर महात्मा गांधी के तस्वीर छपल रहेले. विभिन्न राजनीतिक दलन के समर्थक अपने-अपने विचारधारा के हिसाब से नोट से महात्मा गांधी के तस्वीर हटाके केहू दूसर हस्ती के तस्वीर लगवले के मांग करत रहेले. एही क्रम में कई सोशल मीडिया यूजर्स ई दावा करत बाने कि नया नोट पर अब महात्मा गांधी के साथ रवींद्रनाथ टैगोर और एपीजे अब्दुल कलाम के भी तस्वीर रही. बता दीं कि Newschecker द्वारा पहिले भी हिंदी, अंग्रेजी, तमिल अउर बांग्ला भाषा में ए दावा के पड़ताल कईल गईल बा. हमनी के पड़ताल के अनुसार, सूचना एवं प्रसारण मंत्रालय के नीचे काम करे वाला संस्था PIB Fact Check (प्रेस इनफार्मेशन ब्यूरो फैक्ट चेक) द्वारा शेयर कईल गईल एगो ट्वीट में ए दावा के गलत बतावल गईल बा.
ए तरह हमनी के पड़ताल में ई बात साफ हो गईल कि नया नोट पर अब महात्मा गांधी के साथ रवींद्रनाथ टैगोर और एपीजे अब्दुल कलाम के भी तस्वीर छपले के नाम पर शेयर कईल जा रहल ई दावा गलत बा. असल में आरबीआई (रिज़र्व बैंक ऑफ़ इंडिया) द्वारा अईसन कउनों आदेश नहिखे दिहल गईल बा.
अगर आपके ई फैक्ट चेक पसंद आईल और आप अईसने और फैक्ट चेक पढ़ल चाहतानी ते इहां क्लिक करीं।
कौनो भी संदिग्ध ख़बर के पड़ताल, संशोधन या अन्य सुझाव खातिर हमनी के WhatsApp करीं: 9999499044 या ई-मेल करीं: checkthis@newschecker.in