Newchecker.in is an independent fact-checking initiative of NC Media Networks Pvt. Ltd. We welcome our readers to send us claims to fact check. If you believe a story or statement deserves a fact check, or an error has been made with a published fact check
Contact Us: checkthis@newschecker.in
Politics
सोशल मीडिया पर ई दावा कईल जाला कि केंद्र सरकार द्वारा अब स्कूली किताबन पर भी GST लिहल जाईल.

केंद्र सरकार द्वारा स्कूली किताबन पर भी GST लगवले के नाम पर शेयर कईल जा रहल ई दावा पहिले भी वायरल हो चुकल बा. Newschecker द्वारा 25 सितंबर, 2020 और 11 जुलाई, 2022 के एकर पड़ताल कईल गईल रहल. अपने पड़ताल के दौरान हमनी के ई जानकारी मिलल कि स्कूली किताबन पर GST नाही लगेला. GST के आधिकारिक वेबसाइट पर भी स्कूली किताबन के GST मुक्त चीजन के श्रेणी में रखल गईल बा. सूचना एवं प्रसारण मंत्रालय के अंतर्गत आए वाला PIB (प्रेस इनफार्मेशन ब्यूरो) द्वारा संचालित PIB Fact Check भी 24 सितंबर, 2020 के शेयर कईल गईल एगो ट्वीट में ए दावा के भ्रामक बतावल गईल रहल.
ए तरह हमनी के पड़ताल में ई बात साफ हो जाला कि केंद्र सरकार द्वारा स्कूली किताबन पर भी GST लगवले के नाम पर शेयर कईल जा रहल ई दावा फर्जी बा.
अगर आपके ई फैक्ट चेक पसंद आईल और आप अईसने और फैक्ट चेक पढ़ल चाहतानी ते इहां क्लिक करीं।
कौनो भी संदिग्ध ख़बर के पड़ताल, संशोधन या अन्य सुझाव खातिर हमनी के WhatsApp करीं: 9999499044 या ई-मेल करीं: checkthis@newschecker.in