Newchecker.in is an independent fact-checking initiative of NC Media Networks Pvt. Ltd. We welcome our readers to send us claims to fact check. If you believe a story or statement deserves a fact check, or an error has been made with a published fact check
Contact Us: checkthis@newschecker.in
Viral
सोशल मीडिया तथा कई मीडिया संस्थानन द्वारा ई दावा कईल गईल कि शादी के मंडप में गुटका खाके बईठल दूल्हा के दुल्हन थप्पड़ मार दिहली.
उत्तर प्रदेश, बिहार और झारखण्ड जईसन कई प्रदेशन में गुटका (गुटखा या Gutka) खाईल बहुत आम बात है. गुटका से कैंसर जईसन गंभीर बीमारी होईले के खतरा काफी ज्यादा बढ़ जाला, एकरे बावजूद भी लोग तम्बाकू के सेवन नाही छोड़ेले. हिंदी बोले वाला प्रदेशन में धुआं रहित तम्बाकू (गुटखा, खैनी, पान, दोहरा आदि) के प्रचलन सिगरेट आदि से बहुत ज्यादा बा. विश्व स्वास्थय संगठन (WHO) के एगो रिपोर्ट के अनुसार भारत में करीब 26.7 करोड़ लोग तम्बाकू के सेवन करेले और ऐसे हर साल लगभग 13.5 लाख लोगन के मौत हो जाला.
सार्वजनिक जगह पर भी कई बार लोग गुटका थूकत या सिगरेट फूंकत नजर आ जाले. कई ठो ते अईसन मामला भी प्रकाश में आईल बा जहां दूल्हा लोगन शादी में मंडप में ही गुटका खाके पहुंच जाले.
ऐसे ही एगो वीडियो सोशल मीडिया पर काफी समय से शेयर कईल जाता. वीडियो शेयर करके ई दावा कईल गईल कि शादी के मंडप में गुटका खाके बईठल दूल्हा के दुल्हन थप्पड़ मार दिहली. बता दिहल जा कि पूर्व में ई दावा कई मीडिया संस्थानन द्वारा भी शेयर कईल गईल जा चुकल बा.
NDTV द्वारा प्रकाशित लेख
नवभारत टाइम्स द्वारा प्रकाशित लेख
Live Hindustan द्वारा प्रकाशित लेख
Zee News द्वारा प्रकाशित लेख
India TV द्वारा प्रकाशित लेख
APN द्वारा प्रकाशित लेख
दैनिक जागरण द्वारा प्रकाशित लेख
दुल्हन द्वारा शादी के मंडप में गुटका खाके बईठल दूल्हा के थप्पड़ मरले के नाम पर शेयर कईल जा रहल ए दावा के पड़ताल खातिर, हमनी के एकरे एगो की-फ्रेम के गूगल पर खोजनी. हालांकि, ए प्रक्रिया में हमनी के मीडिया रिपोर्ट्स के अलावा अईसन कौनों जानकारी नाही मिलल जेसे वीडियो के श्रोत तक पहुंचल जा सके. वीडियो के दृश्य और एमे बोलल जा रहल भाषा के आधार पर हमनी के ‘शादी गुटखा मैथिली’ कीवर्ड्स के यूट्यूब पर खोजनी. ए प्रक्रिया में हमनी के ई जानकारी मिलल कि ‘Chandan Mishra’ नामक यूट्यूब चैनल द्वारा इहे वीडियो 4 अप्रैल, 2020 के प्रकाशित कईल गईल बा.
Chandan Mishra नामक चैनल द्वारा ई वीडियो मैथिली भाषा में ‘रामलाल ने अपनी शादी में जो किया वो आप भूल के भी मत करना ! #RamlalMaithiliComedy’ टाइटल के साथ प्रकाशित कईल गईल रहल. वीडियो में 4 मिनट और 9 सेकंड के बाद दूल्हा बनल कलाकार के उनकर दोस्त गुटका देने जेके दूल्हा रामलाल खा लेने. एकरे बाद दुल्हन दूल्हा से पूछेली, “अहा, गुटखा खाया?” जेकरे जवाब में रामलाल कहेले कि खईनी ते खईनी. सबके सामने खईनी, कौनो चोरा के नाही खईनी. एकरे बाद दुल्हन अपने माता से दूल्हा बनल रामलाल से शादी नाही कईले के बात कहेली. वीडियो में 7 मिनट 15 सेकंड के बाद दुल्हन और दूल्हा के मारपीट करत देखल जा सकेला.
बता दिहल जा कि Chandan Mishra एगो कंटेंट क्रिएटर हवे और उ अपने चैनल पे मैथिली भाषा में हास्य संबंधित वीडियो प्रकाशित करेले.
ई वीडियो पूर्व में भी वायरल हो चुकल बा, जेकरे बाद Newschecker द्वारा 1 सितंबर, 2021 के तमिल भाषा तथा 24 दिसंबर, 2021 के हिंदी भाषा में ए वीडियो के पड़ताल कईल गईल रहल.
ए तरह हमनी के पड़ताल में ई बात साफ हो जाला कि दुल्हन द्वारा शादी के मंडप में गुटका खाके बईठल दूल्हा के थप्पड़ मरले के नाम पर शेयर कईल जा रहल ई दावा भ्रामक बा. असल में वायरल वीडियो एगो हास्य (कॉमेडी) वीडियो के हिस्सा जेके खाली मनोरंजन खातिर बनावल गईल रहल.
Our Sources
Video published by YouTube channel ‘Chandan Mishra’ on 4 April, 2020
Newschecker Analysis
कौनो भी संदिग्ध ख़बर के पड़ताल, संशोधन या अन्य सुझाव खातिर हमनी के WhatsApp करीं: 9999499044 या ई-मेल करीं: checkthis@newschecker.in