Newchecker.in is an independent fact-checking initiative of NC Media Networks Pvt. Ltd. We welcome our readers to send us claims to fact check. If you believe a story or statement deserves a fact check, or an error has been made with a published fact check
Contact Us: checkthis@newschecker.in
Fact Check
सोशल मीडिया तथा WhatsApp ग्रुप्स में ई दावा कईल जाता कि प्रधानमंत्री बेरोजगारी भत्ता योजना के अंतर्गत सरकार बेरोजगार नौजवानन के हर महीना 6000 रूपया देई.

प्रधानमंत्री बेरोजगारी भत्ता योजना के अंतर्गत सरकार द्वारा बेरोजगार नौजवानन के हर महीना 6000 रूपया दिहले के नाम पर शेयर कईल जा रहल ई दावा पूर्व में भी कई बार शेयर कईल गईल बा. Newschecker द्वारा 21 मई, 2021 के वायरल दावा के पड़ताल कईल गईल रहल. अपने पड़ताल के दौरान हमनी के सूचना एवं प्रसारण मंत्रालय के अंतर्गत आए वाला PIB (प्रेस इनफार्मेशन ब्यूरो) के फैक्ट चेक इकाई PIB Fact Check द्वारा 27 जनवरी, 2021 के शेयर कईल गईल एगो ट्वीट प्राप्त भईल. PIB Fact Check अपने ट्वीट में ए दावा के फर्जी बतवले बा.
मालूम हो कि प्रधानमंत्री बेरोजगारी भत्ता योजना के नाम पर कई तरह के फर्जी लिंक शेयर होत रहेला. हाले में ईहे दावा एक बार फिर शेयर होखे लगल. PIB Fact Check 7 दिसंबर, 2022 के एगो ट्वीट शेयर कईके ई जानकारी दिहले बा कि भारत सरकार द्वारा अईसन कौनों योजना नहिखे चलावल गइल बानी.
Newschecker द्वारा पूर्व में भी अईसने कई दावा के पड़ताल कईल गईल बा, जवने में सरकारी योजना के नाम पर फर्जी वेबसाइट के लिंक शेयर कईके यूजर्स के निजी जानकारी चोरवले के प्रयास कईल जाला.
ए तरह हमनी के पड़ताल में ई बात साफ हो गइल कि प्रधानमंत्री बेरोजगारी भत्ता योजना के अंतर्गत सरकार द्वारा बेरोजगार नौजवानन के हर महीना 6000 रूपया दिहले के नाम पर शेयर कईल जा रहल ई दावा फर्जी बा. सूचना एवं प्रसारण मंत्रालय के अंतर्गत आए वाला PIB (प्रेस इनफार्मेशन ब्यूरो) के फैक्ट चेक इकाई PIB Fact Check द्वारा शेयर कईल गईल ट्वीट्स के अनुसार, वायरल दावा फर्जी बा और भारत सरकार द्वारा अईसन कौनों योजना नाही चलावल जाता.
Our Sources
Fact check articles published by Newschecker
Tweets shared by PIB Fact Check on 27 January, 2021 & 7 December, 2022
कौनो भी संदिग्ध ख़बर के पड़ताल, संशोधन या अन्य सुझाव खातिर हमनी के WhatsApp करीं: 9999499044 या ई-मेल करीं: checkthis@newschecker.in