Saturday, July 27, 2024
Saturday, July 27, 2024

Monthly Archives: March, 2023

ईहां पढ़ीं Google Pay ऐप पर नया घोटाला के नाम पर शेयर कईल जा रहल वायरल दावा के सच

पिछले कुछ साल में UPI के माध्यम से पेमेंट या लेन-देन करे वालन के संख्या में जबरदस्त उछाल आईल बा. पहिले ऑनलाइन पेमेंट के ई सुविधा खाली बड़े शहरन या कस्बन तक सीमित रहल लेकिन इंटरनेट पैक सस्ता भईले और UPI के माध्यम से सुगमता से लेन-देन के वजह से अब ग्रामीण इलाकन में भी एकर प्रयोग तेजी से बढ़ता. टेक्नोलॉजी के तमाम दुष्प्रभावन में से सबसे बड़हन एकर दुरूपयोग बा. जानकारी के आभाव में तमाम यूजर जालसाजी करे वालन के झांसा में फंस के कब्बो रूपया-पईसा के नुकसान सहेने ते कब्बो आपन निजी डेटा जालसाजन के साथ शेयर कई देने.

Fact Check: का तमिलनाडु में भाषायी आधार पर भेदभाव के बढ़ावा देवे खातिर उदयनिधि स्टालिन हिंदी विरोधी टी-शर्ट पहिनने?

भारतीय संविधान के अठवां अनुसूची में वर्तमान में कुल 22 तरह के भाषा के जिक्र कईल गईल बा. अगर संख्याबल के बात कईल जा ते हिंदी भारत के सर्वाधिक राज्यन में बोले जाए वाली भाषा है. तमिलनाडु, कर्नाटक, आंध्र प्रदेश, तेलंगाना, केरल, पश्चिम बंगाल समेत कई राज्य केंद्र सरकार पर हिंदी थोपले के आरोप लगावेले. पूर्व में कब्बो हिंदी भाषी राज्यन में दूसर भाषा बोले वालन के साथ ते कब्बो दूसर भाषा बोले वाले राज्यन में हिंदी बोले वाला राज्यन के लोगन के साथ भेदभाव के तमाम घटना देखे के मिलल बा. हालांकि राज्य सरकारन के आपसी सूझबूझ और केंद्र के परस्पर सहयोग से ए तरह के घटना ना होखे एकर प्रयास भी कई दशक से चलत बा.

CATEGORIES

ARCHIVES

Most Read